यूपी के नगर निकाय चुनाव के दुसरका दौर आजु

पिछला २४ तारीख के भइल पहिला दौर का बाद निकाय चुनाव के दुसरका दौर आज चले वाला बा. पिछला दौर में बलिया,बनारस समेत कई जिलन में मतदान करावल गइल रहे. आजु आगरा, इलाहाबाद, कानपुर, गोरखपुर, बरेली में मतदान करावल जाई. सगरी दौर का बाद मतगणना सात जुलाई के करावल जाई. बलिया का चुनाव में सपा, बसपा आ भाजपा में कड़ा मुकाबला बतावल जात बा हालांकि सपा आ बसपा का तरफ से पार्टी आधार पर कवनो उम्मीदवार ना दिहल रहे. बाकिर साधना गुप्ता आ कमला जायसवाल का पाछा सपा आ बसपा के सगरी कार्यकर्ता लागल रहलें. भाजपा से गीता सिहं के उम्मीदवार बनावल गइल रहे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।