यूपी के पौने दू लाख शिक्षामित्रन के सहायता करी केन्द्र सरकार

यूपी में शिक्षामित्र से सहायक अध्यापक बनावल गइल करीब पौने दू लाख लोग के बहाली हाई कोर्ट का आदेश का बाद रद्द कर दीहल गइल बा. एह चलते लाखौ परिवार संकट में आ गइल बाड़न. एह लोग के राहत चहुँपावे ला केन्द्र सरकार राह निकाले में लागल बिया आ अब ऊ अदालत में हलफनामा दी कि साल 2010 का पहिले भइल बहालियन में टीईटी जरूरी ना रहुवे. राष्ट्रीय अध्यापक शिक्षा परिषदो इहे राय बतवले बिया आ एह चलते पूरा उमेद बा कि अदालत से एह लोग के बहाली होखे के राह साफ हो जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।