यूपी के व्यापारियन खातिर आनलाइन रजिस्ट्रेशन

काल्हु से उत्तर प्रदेश में नया व्यापार शुरु करे वालन खातिर ई रजिस्ट्रेशन के सुविधा चालू हो गइल बा. अब रजिस्ट्रेशन खातिर वाणिज्य कर विभाग के दफ्तर के चक्कर लगावे के जरुरत ना पड़ी. राज्य के बड़का व्यापारियन खातिर, जे लोग साल में पचास लाख से बेसी के टर्न ओवर करेला, ई रिटर्न जमा कइल जरुरी कर दिहल गइल बा. बाकी व्यापारियन खातिर तीस जून से अनिवार्य कर दिहल जाई. व्यापारी वर्ग सरकार के एह फैसला से क्षुब्ध बा काहे कि एकरा खातिर सबका कम्प्यूटर राखे के पड़ी आ स्वाभाविक बा कि ढेर जने के कम्प्यूटर चलावहू वाला के. एह सबसे ओह लोग के खर्चा बढ़ जाई दोसरे कर चोरी में बेसी दिक्कत हो जाई. एह चलते व्यापारी नेता एह फैसला के जमके विरोध करत बाड़न.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..