यूपी पंचायत चुनाव के अधिसूचना शनिचर 7 नवंबर का दिने

यूपी के ग्राम प्रधान आ ग्राम पंचायत सदस्य पद खातिर होखे वाला चुनाव के अधिसूचना शनिचर 7 तारीख के होखे वाला बा. राज्य निर्वाचन आयुक्त सतीश कुमार अग्रवाल आजु लखनऊ में बतवलन कि चुनाव चार दौर में करावल जाई आ 59162 ग्राम प्रधान आ सात लाख से अधिका ग्राम पंचायत सदस्यन के चुनाव कइल जाई.
पहिला दौर के मतदान 27 नवंबर का दिने, दुसरका दौर के 1 ली दिसंबर का दिने, तिसरका दौर के चुनाव 5 दिसंबर के आ चउथा दौर के चुनाव 9 दिसंबर के करावल जाई. सगरी दौर के वोट के गिनिती एके दिन 12 दिसंबर के सबेरे 8 बजे से शुरु करावल जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।