यूपी बिहार में डेंगू के मरीज

पिछला तीन दिन में गोरखपुर में डेंगू के कई गो मरीज मिलला का बाद से प्रशासन सचेत हो गइल बा. दू गो मरीज जिला अस्पताल में त तीन गो मरीज निजी अस्पतालन में भरती करावल गइल बाड़ें. सीएमऊ आफिस में एगो कंट्रोल रूम बनावल गइल बा जहाँ से चौबीसो घंटा काम करी. ओने जौनपुर में दू गो मरीजन के डेंगू से मरे के खबर बा.

बिहार के हाजीपुर में डेंगू मरीजन ला अलगा वार्ड बनावल गइल बा. समस्तीपुर में डेंगू के चार गो मरीज मिलल बाड़े सँ. दू दिन पहिले के खबर रहे कि मुजफ्फरपुर के श्रीकृष्ण मेडिकल कालेज में एगारह गो डेंगू मरीज भरती बाड़ें. अधिकतर मरीज शहर के नया टोला, अहियापुर, कोल्हुआ, पैगंबरपुर आ स्पीकर चौक के हउवें. छपरा के सदर अस्पताल में दू गो मरीज भरती रहले सँ आ ठीक हो के छूट्टी पा गइलें सँ. दुनु छपरा से बाहर के रहलें. बाकिर रोहतास के नारायण मेडिकल कालेज में शिवसागर थाना के नावाडीह गाँव के हरेन्द्र कुमार के डेंगू से मौत हो गइल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।