यूपी मंत्रीमंडल विस्तार में गाजीपुर से फातिमा आ जौनपुर से ललई

यूपी के अखिलेश सरकार के पहिलका बड़का विस्तार में काल्हु शनिचर का दिने राजभवन के गाँधी सभागार में एक दर्जन नया मंत्रियन के किरिया धरावल गइल. एही मौका पर नौ गो मंत्रियन के प्रमोशनो मिल गइल. एह एकइस मंत्रियन में से पाँच जने के कैबिनेट मंत्री, 8 जने के राज्यमंत्री स्वतंत्र प्रभार आ 8 जने के राज्य मंत्री बनावल गइल बा.
शनिचर का दिने भइल विस्तार में गाजीपुर के जहूराबाद विधायक फातिमा शादाब आ जौनपुर के शाहगंज से विधायक शैलेन्द्र यादव ललई के मंत्रीमंडल में जगह मिलल बा. दुनू जने के राज्य मंत्री बनावल गइल बा बाकिर फातिमा शादाब के स्वतंत्र प्रभार वाला मंत्री बनावल गइल बा.
सगरी मंत्रियन के विभाग के एलान बाद में करे के बात कहलन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।