यूपी में आठ गो जिलाधिकारियन समेत 35 गो आईएएस अधिकारियन के तबादला


लखनऊ 13 अप्रैल (वार्ता). उत्तर प्रदेश सरकार काल्हु राति फेरु एगो बड़हन प्रशासनिक फेरबदल करत 35 गो आईएएस अफसरान के तबादला कर दिहलसि. एहमें आठ गो जिलाधिकारीओ शामिल बाड़ें.
सरकारी प्रवक्ता के कहना बा कि काल्हु राति भइल एह तबादलन में नगर निगम मथुरा अउर वृंदावन विकास प्राधिकरण में आयुक्त रहल उज्ज्वल कुमार के सूचना विभाग के निदेशक बनावल गइल बा. पंचायती राज विभाग के अपर मुख्य सचिव चंचल कुमार तिवारी के राजस्व विभाग के अपर मुख्य सचिव बनावत उनुका जगहा पर श्रम विभाग से राजेन्द्र कुमार तिवारी के पंचायती राज भेजल गइल बा.
सूचना विभाग के निदेशक अनुज कुमार झा के बुलन्दशहर के जिलाधिकारी, ग्राम्य विकास विभाग के सचिव आ आयुक्त अउर सीईओ ग्रामीण सड़क प्राधिकरण सुरेश कुमार ओझा के देवीपाटन मंडल के मंडलायुक्त, नियुक्ति अउर कार्मिक विभाग में तैनात विशेष सचिव उदयभानु त्रिपाठी के बाराबंकी के जिलाधिकारी, आ बाराबंकी के जिलाधिकारी अखिलेश तिवारी के गृह विभाग मे विशेष सचिव बनावल गइल बा.
नगर विकास अउर स्थानीय निकाय में विशेष सचिव रहल अनिल कुमार सिंह के कुशीनगर के जिलाधिकारी, आ कुशीनगर के जिलाधिकारी रहल आंद्रा वामसी के आईटी इलेक्ट्रानिक्स विभाग में विशेष सचिव बनावल गइल बा.
गृह विभाग के विशेष सचिव विवेक के सुल्तानपुर के जिलाधिकारी बनावल गइल बा त सुल्तानपुर में तैनात जिलाधिकारी संगीता सिंह के श्रम विभाग में विशेष सचिव नियुक्त कइल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *