यूपी में चलावल जाई रेडियो टैक्सी

इलाहाबाद, वाराणसी, आ गोरखपुर समेत उत्तर प्रदेश के तेरह गो जिला मुख्यालय पर जल्दिए रेडियो टैक्सी के सेवा शुरू करावल जाई. एह सेवा के टैक्सियन में जीपीएस आ जीपीआरएस लागल रही जवना से गाड़ी मालिक के अपना गाड़ी के जानकारी रहे आ ऊ ओकर मानिटरींग कर सकसु. एह गाड़ियन में इलेक्ट्रानिक मीटर लगावल जाई आ एकरा के शहरी सीमा का भितरे चलावल जाई. हालांकि जरूरत पड़ला पर एकरा के शहर का बाहरो ले जाइल जा सकेला.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।