यूपी में टीईटी में बदलाव

सोमार का दिने कैबिनेट तय कइलसि कि राज्य में अध्यापक पात्रता परीक्षा २०११ के अर्हता परीक्षा बना दिहल जाई. एहसे एह परीक्षा में अर्ह, चुने लायक, अभ्यर्थियन के शिक्षक पद पर बहाल कइल जा सकी. साथही फैसला लिहल गइल बा कि जे लोग उच्च प्राथमिक अध्यापक पात्रता परीक्षा पास कर लिहले बा ओह लोग के बहाली बेसिक शिक्षक पद पर ना कइल जाई. एह लोग के सरकारी सहायता लेबे वाला आ निजी स्कूलन में बहाल कइल जाई. अबहीं काम करत शिक्षामित्रन के प्रशिक्षण दे के बेसिक शिक्षा परिषद के स्कूलन में सहायक अध्यापक पद पर बहाल कइल जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।