यूपी में ब्लाक प्रमुखी के चुनावी प्रक्रिया नामांकन का साथे शुरु

२० दिसम्बर का दिने ब्लाक प्रमुखी के उम्मीदवारन के नामांकन का साथे चुनाव प्रक्रिया शुरु हो गइल. बहुते जगहा एके गो नामांकन भइला से निर्विरोध चुनाव हो जाई. जहवाँ जरुरी होखी तहाँ आजु का दिने वोट डालल जाई. आजुवे परिणामो घोषित हो जाई. राज्य भर में ८२१ गो क्षेत्र पंचायत में से २३० जगहा पर निर्विरोध चुनाव हो गइल बा. बाकी ५९१ जगहा पर आजु वोट डालल जाई. ब्लाक प्रमुखी के चुनाव अप्रत्यक्ष होखेला आ जनता के एहमे सोझ सहभागिता ना रहे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।