यूपी में विशेष सुरक्षा बल के अधिसूचना जारी

उत्तर प्रदेश सरकार का तरफ से एगो अधिसूचना जारी कइल गइल बा कि यूपी में एगो विशेष सुरक्षा बल के पाँच गो बटालियन खड़ा कइल जाई.
एह विशेष सुरक्षा बल का जिम्मे प्रमुख सरकारी भवनन, कार्यालयन, आ औद्यागिक प्रतिष्ठआनन के सुरक्षा रही. निजी प्रतिष्ठानों भुगतान दे के एह सुरक्षा बल के सेवा ले सकीहें.

राज्य के अतिरिक्त मुख्यसचिव (गृह) अवनीश कुमार अवस्थी एकर जानकारी देत कहलें कि एह सुरक्षा बल के मुख्यालय लखनऊ में रही आ हर बटालियन अलग अलग एडीजी अधिकारी का अधीन राखल जाई. एह बल के अधिकार देबे वाला एगो अलगा कानून बनावल गइल बा जवन एह बल के बिना पहिले से वारंट जारी करवले तलाशी कर सकीहें आ जरुरत पड़ला पर आरोपियन के गिरफ्तारो कर सकीहें.

पहिलका दौर में एह सुरक्षा बल ला करीब दस हजार जवान बहाल कइल जइहें. बाद में करीब दी हजार अउरो बहाली हो सकी. एह बल पर हर साल करीब पौने दू हजार करोड़ रुपिया के खरचा आई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।