यूपी विधानसभा चुनाव के बिगुल बाज गइल

यूपी में विधानसभा के चुनाव अगिला साल होखे वाला बा बाकिर बसपा अपना उम्मीदवारन के नाम तय कर के घोषित करे के शुरु कर दिहलसि. बाकी दल त अबही एह बारे में सोचलहू नइखन. बाकी दल के डर लागेला कि अबहिये नाम तय कर दिहला पर पार्टी विरोधी गतिविधि तेज हो जाई. जबकि मायावती के मालूम बा कि बसपा में केहू के औकात नइखे जे बहिन जी के फैसला के चुनौती दे सके. अतना हवा त कांग्रेस के आलाकमानो के ना रहे.
लखनऊ के सातो सीट से बसपा उम्मीदवार तय हो गइल बाड़न.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।