यूपी विधानसभा पहिला बेर अतवार के बइठल

यूपी विधानसभा के बइठक आजु पहिले बेर अतवार का दिने भइल आ एहमें कई गो महत्व वाला दस्तावेज पेश कइल गइल.
साल 2013 के मुजफ्फनगर दंगा के जांच ला बनावल विषणु सहाय आयोग के रपट, नियंत्रण एवं महालेखा परीक्षक कैग के चार गो रपट आ अलीगढ़ के टप्पल में किसानन पर भइल गोलीबारी के जांच रपट एहमें शामिल रहली सँ.
मुजफ्फरनगर दंगा का मामिला में जिला प्रशासन के दोषी ठहरावल गइल बा. खुफिया तंत्र के विफलता के दंगा के खास कारण मानत ओहिजा के तब के जिलाधिकारी अउर एसपी के काम काज पर सवाल उठावल गइल बा. आयोग के कहना बा कि मीडिया बढ़ाचढ़ा के खबर देखवलसि.
साल 2010 के टप्पल गोलीकाण्ड में किसान नेतवन आ जुलूस के जिम्मेदार बतावल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।