Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

यूपी विधान परिषद के चुनाव परिणाम, बिहार के चुनाव चरचा, आ अउरियो खबर

यूपी विधान परिषद के चुनाव परिणाम
यूपी विधान परिषद के पाँच गो सीट पर भइल चुनाव के परिणाम मिल गइल बा. कानपुर स्नातक सीट से जगेन्द्र स्वरूप. गोरखपुर फैजाबाद स्नातक सीट से सपा के देवेन्द्र प्रताप सिंह, बरेली मुरादाबाद शिक्षक सीट से भाजपा के डा॰ नेपाल सिंह, कानपुर शिक्षक सीट से राजबहादुर चन्देल, आ इलाहाबाद झाँसी सीट से सुरेश कुमार त्रिपाठी जीतले बाड़े. एह चुनाव में बसपा कवनो उम्मीदवार ना दिहले रहुवे बाकिर भाजपा, सपा, आ कांग्रेस जरुर चुनाव लड़ले रहन.

चउदह कोसी परिक्रमा शुरु
रामजन्मभूमि अयोध्या में आजु सबेरे से चउदह कोसी परिक्रमा शुरु हो गइल. पंच कोसी परिक्रमा बुध का दिन प्रबोधिनी एकादशी से शुरु होखी. कातिक पूरनमासी के नहान बीस एकईस नवम्बर के अधरतिया से शुरु होखी.

रणजी क्रिकेट
रणजी क्रिकेट के ग्रुप मैच में यूपी आ उड़ीसा के मैच बिना कवनो नतीजा के रहल बाकिर पहिला पाली के बेहतर रहला का चलते यूपी के तीन अंक मिल गइल. उड़ीसा के कवनो अंक ना मिलल.

बिहार के चुनाव चरचा आ अउरीओ खबर
बिहार के छठवाँ आ आखिरी दौर के मतदान खातिर चुनाव प्रचार शुरु हो गइल बा. एह दौर में कांग्रेस पन सोनिया गाँधी का खिलाफ संघ के पूर्व संघचालक सुदर्शन के कहल बाति के ले के आपन प्रचार करत बिया. एही बहाने मुसलमानन के वोट संघ विरोध का नाम पर मिले के उम्मीद बा ओकरा. राहुलो गाँधी अपना चुनाव दौरा में अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के छात्र नेता लोग के ले के घूमत बाड़न.
ओने नीतीश लोग के भरोसा दिआवल चाहत बाड़न कि अगर उनका फेर सरकार बनावे के मौका मिलल त अबकी बेर भ्रष्टाचारियन के गरदन नाप दीहें आ भ्रष्टाचार का कमाई से बनल आलीशान महलन में लड़िकन के स्कूल खोलवा दिहन.
लालू आ रामविलास के संयुक्त प्रचार अभियान बदस्तूर जारी बा. ओह लोग के कहना बा कि विकास के सगरी दावा खोखड़ बा. बिहार में पिछला पाँच बरिस में एकहू उद्योग नइखे खुलल.
एह दौर के मतदान बीस नवम्बर के पाँच गो जिला के छब्बीस गो विधानसभा सीटन खातिर होखे जा रहल बा.

सोलहवाँ एशियाड में पंकज आडवाणी भारत के पहिला स्वर्ण पदक दिअवलें.
चीन में चल रहल सोरहवाँ एशियन गेम्स में भारत के पहिलका स्वर्ण पदक बिलियर्ड का खेल में एकल मुकाबिला में पंकज आडवाणी दिअवलें. भारत के आजु तीन गो रजत पदक आ एगो कांस्यो पदक मिलल बा.

मधु कोड़ा के सौ करोड़ के संपत्ति जब्त होखी
प्रवर्तन निदेशालय के अदालत से आदेश मिल गइल बा आ अब ऊ झारखंड के मुख्यमंत्री रहल मधुकोड़ा के सौ करोड़ के संपत्ति जब्त करे के कार्यवाही शुरु करे जा रहल बा. मधु कोड़ा निर्दलीय होखला का बादो गठबन्हन सरकार के मुख्यमंत्री रहलें आ करोड़ों के नाजायज संपत्ति बना लिहलें.

0 Comments