यूपी सरकार के फिरकापरस्ती के आरोप में घेरइला का बाद सुधार के कोशिश

मथुरा के जवाहरबाग में भईल बवाल में मारल गइल दू गो पुलिस अधिकारियन ला महज 20 लाख के मुआवजा का एलान का बाद यूपी के सपा सरकार पर चारो तरफ से एगो खास फिरका से प्रेम के आलोचना होखे लागल. खास क के सोशल मीडिया अखिलेश सरकार के अपना निशाना पर ले लिहलसि. प्रतापपुर के बवाल में लराइल मुसलमान अधिकारी के परिवार के 50 लाख रुपिया के मुआलजा आ परिवार के कई आदमी के सरकारी नौकरी दिहले रहलन अखिलेश यादव. इहां ले कि घर में गोहत्या क के गोमांस खाए आ राखे वाला अखलाको को परिवार के 45 लाख रुपिया आ चार गो फ्लैट दिहले रहुवे सपा सरकार. बाकिर जवाहर बाग में मारल गइल दू गो पुलिस अधिकारियन ला महज बीस बीस लाख के मुआवजा के एलान भइल रहे.

अब चउतरफा फजीहत से घेराइल सरकार एहु लोग ला पचास पचास लाख रुपिया मुआवजा के एलान करे ला मजबूर हो गइल. बाकिर घर वालन के नौकरी देबे का मामला में फिरकावाराना फरक बनले रहि गइल बा.

ओेने पुलिस प्रशासन के दावा आइल बा कि एह बवाल के सरगना रामवृक्ष यादव मौके पर मरा गइल रहे. हालांकि घर वाले जब लाश सकार लीहें तबे एकर पुष्टि हो पाई. रामवृक्ष यादव के राजनीतिक रसूख देखत एहु में कवनो खेल कइल जात होखे त अचरज ना होखे के चाहीं.

मामिला दबावे का कोशिश में काल्हु मथुरा के सांसद हेमामालिनी के जवाहरबाग ना जाए दीहल गइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..