यूपी सरकार खेती के सामान पर वैट कम कइलसि

आजु भइल प्रदेश कैबिनेट का बइठकि में तय कइल गइल कि खेती का काम में आवे वाला सामान आ कुछ जरुरी सामान पर वैट के दर मौजूदा साढ़े बारह फीसदी से घटा के चार फीसदी कर दिहल जाई. गेंहू के सरकारी समर्थन मूल्य एगारह सौ बीस रुपिया प्रति क्विंटल तय कइल गइल बा. सरकार चालीस लाख मेट्रिक टन गेंहू खरीदे के लक्ष्य बनवले बिया. इहो तय भइल कि राज्य के २३१० किलोमीटर राज्य मार्ग के उन्नयन कइल जाई. एह काम पर १२६२५ करोड़ रुपिया खरच होखे के अनुमान लगावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..