यूपी सरकार खेती के सामान पर वैट कम कइलसि

आजु भइल प्रदेश कैबिनेट का बइठकि में तय कइल गइल कि खेती का काम में आवे वाला सामान आ कुछ जरुरी सामान पर वैट के दर मौजूदा साढ़े बारह फीसदी से घटा के चार फीसदी कर दिहल जाई. गेंहू के सरकारी समर्थन मूल्य एगारह सौ बीस रुपिया प्रति क्विंटल तय कइल गइल बा. सरकार चालीस लाख मेट्रिक टन गेंहू खरीदे के लक्ष्य बनवले बिया. इहो तय भइल कि राज्य के २३१० किलोमीटर राज्य मार्ग के उन्नयन कइल जाई. एह काम पर १२६२५ करोड़ रुपिया खरच होखे के अनुमान लगावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।