यूपी सरकार सगरी घोटाला पर लीपा पोती कर दी

अरविंद केजरीवाल के कहना बा कि सलमान खुर्शौद के घोटाला पर सगरी मामिला यूपी के अखिलेश सरकार लीपा पोती कर दी. ओकरा पर आमदनी से अधिका मामिला से मुलायम सिंह के बचावे के दबाव बा. अगर अइसन ना रहीत त एक बेर मामिला के जाँच कर चुकला का बाद यूपी सरकार खुर्शीद मामिला के दुबारा जाँच करवावे के बात ना करीत.

काल्हु आपन सफाई देत सलमान खुर्शीद कई बेर हत्था से उखड़ गइलें. उनकर कहना बा कि कतहीं कवनो गड़बड़ी नइखे भइल जब कि घोटाला के आरोप लगावे वाला चैनल अपना बात पर कायम बा.
पूरा खबर पढ़ी

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *