यूपी सरकार सगरी घोटाला पर लीपा पोती कर दी

अरविंद केजरीवाल के कहना बा कि सलमान खुर्शौद के घोटाला पर सगरी मामिला यूपी के अखिलेश सरकार लीपा पोती कर दी. ओकरा पर आमदनी से अधिका मामिला से मुलायम सिंह के बचावे के दबाव बा. अगर अइसन ना रहीत त एक बेर मामिला के जाँच कर चुकला का बाद यूपी सरकार खुर्शीद मामिला के दुबारा जाँच करवावे के बात ना करीत.

काल्हु आपन सफाई देत सलमान खुर्शीद कई बेर हत्था से उखड़ गइलें. उनकर कहना बा कि कतहीं कवनो गड़बड़ी नइखे भइल जब कि घोटाला के आरोप लगावे वाला चैनल अपना बात पर कायम बा.
पूरा खबर पढ़ी

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..