यूपी से कुछ अउरी खबर

सपा विधायकन के मौत से खाली निधौली कला आ लखीमपु सदर विधानसभा सीट के उपचुनाव खातिर परचा भरे के काम चल रहल बा. ३० तारीख ले परचा भरल जाई. मतदान २० नवम्बर के करावल जाई.

रीता बहुगुणा जोशी एक बेर फेर कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइल बाड़ी. राज्य के कांग्रेसी सोनिया पर एकर फैसला छोड़ दिहले रहुवें आ सोनिया काल्हु एकर एलान कर दिहली.

यूपी में इन्सेफलाइटिस के कहर जारी बड़ले बा तबले डेंगू के कहर शुरु होखे के खबर आवे लागल बा. एह साल इन्सेफलाइटिस से ४५१ लोग के जान जा चुकल बा आ अढ़ाई सौ से बेसी मरीज अबहियो भरती बाड़े. मेरठ से डेंगू से दू गो मौत होखे के खबर आइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..