यू ट्यूबो पर हैदर काजमी आ विशाल तिवारी के जलवा बा

Ladai-posterभोजपुरी सिनेमा जगत के रियल रंगबाज हैदर काजमी जवने करेले ऊ अलग अंदाज के होला आ एही चलते हर निर्माता हैदर काजमी के हर ख़बर पर पैनी नज़र राखेलें आ बाद में ओकरा के फॉलो करेलें. हैदर काजमी पहिला भोजपुरी निर्माता हउवें जे अपना फिलिम ‘लड़ाई’ के मेकिंग यू ट्यूब पर जारी कइले. एहके देशे ना विदेशो में पसंद कइल जा रहल बा.

इहो जान लीं कि भोजपुरी सिनेमा जगत में मेकिंग शूट बहुते कम हो पावेला. एह मेकिंग के ज़रिये हैदर काजमी बतावल चहले बाड़ें कि ‘लड़ाई’ आखिर बनल कइसे.

एह फिलिम के निर्देशक हउवें आनंद डी. गहतराज आ एहमें हैदर काजमी के साथही यंग स्टार विशाल तिवारीओ मुख्य भूमिका में बाड़ें. हैदर के नायिका बाड़ी हॉट आ हॉट नूरी शेख जबकि विशाल तिवारी के नायिका सेक्सी बाला अंजना सिंह बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..