येदियुरप्पा भाजपा के ब्लैकमेल करे में लागल बाड़े

भाजपा के हालत कांग्रेस जइसन बनल जात बा जे सत्ता के लोभ में हर तरह के काम कर सकेला. एक जमाना में बलराज मधोक, शंकर सिंह वाघेला, गोविन्दाचार्य, आ कल्याण सिंह जइसन लोग के पार्टी के बाहर के रास्ता देखा चुकल भाजपा आजु एगो भठियरपन के आरोपी मुख्यमंत्री का सोझा तन के खड़ा होत नइखे लउकत.

कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा हर तरह के शर्त लादत चल जात बाड़े आ पार्टी बेबस जइसन लउकत बिया. होखे के त ई चाहत रहे कि भाजपा सत्ता के परवाह कइले बिना हर ओह नेता के पार्टी से बाहर करे के ताकत बनावो. अइसन लोग से अपना निजी हित खातिर पार्टी के बलिदान कइल चाहत बाड़े वइसना लोग के खाना में पड़ल माछी का तरह फेंक देबे के चाहीं. आ अगर बहुते जरुरी होखे त माछी का साथे साथ थरियो फेंक देव. बाकिर ओकरा अइसनका नाजायज दबाव का सोझा निहुरे के ना चाहीं..

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।