ये है स्वर्ग हमारा फिल्म के पहिलका झलक

अमृता आर्ट्स के बैनर तर बनल निर्माता-निर्देशक अउर लेखक मुरली लालवानी के भोजपुरी फिलिम ‘ये है स्वर्ग हमारा’ के पहिलका झलक पिछला दिने मीडिया के देखावल गइल.

एह फिलिम में भोजपुरी सिनेमा के पुरनिया कलाकार आ सुपर स्टार रहल कुणाल सिंह एगो महत्वपूर्ण भूमिका में नजर अइहें. मुख्य जोड़ी रूपा मिश्रा अउर विमल पांडेय के बा जिनका साथे राज यादव, सौरभ शर्मा, उमेश सिंह, रिद्धिमा सिंह, अंकिता, खुशी मौर्य, राजा भोजपुरिया, कुमार प्रीतम, अउर अर्जुन सिंह वगैरह शामिल बाड़ें.

निर्माता मुरली लालवानी बतवलन कि ‘ये है स्वर्ग हमारा’ पारिवारिक मूल्य पोषित करेवाली एगो सार्थक अउर उद्देश्यपुरावे वाली फिलिम होखी. लेखको का नजरिया से उनकर कहना बा कि, ‘ये है स्वर्ग हमारा’ रिश्तन के टूटत धागन के मजबूती से जोड़ले राखे के एगो ईमानदार कोशिश हवे आ उमेद करत बानी कि सुधी दर्शकन के ई बहुते पसन्द आई.

‘ये है स्वर्ग हमारा’ फिल्म के तकनीकी पक्षो मजगर बा. छायांकन कइले बाड़न विकास पांडेय, संगीतकार आ गीतकार राजा भोजपुरिया, एडिटर राकेश महतो, फाइट मास्टर आर.के. श्री, नृत्य निर्देशक कुमार प्रीतम आ ज्ञान सिंह, आर्ट निर्देशक इमरान के आ प्रोडक्शन-लक्की पाटिल के हवे.

उमेद बा कि जल्दिए हमनी के एगो साफ सुघर मनोरंजक भोजपुरी फिलिम देखे के मिली.

(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..