हैवान के सफलता का खुशी में भव्य आयोजन
-

ब्लैक हिल्स फिल्म प्रोडक्शन हाउस प्रा. लि. के बैनर तर बनल हिन्दी फिल्म ‘हैवान’ पिछला हफ्ता मुंबई, गुजरात अउर सौराष्ट्र में रिलीज़ होके सफलता पा रहल बावे. एकरे खुशी में पिछला दिने प्रोडक्शन टीम अंधेरी पश्चिम के ओशिवरा के एगो वेंक्वेट हॉल में भव्य कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल. एह मौका पर निर्देशक-अभिनेता विराट क्षत्रिय, फिल्म वितरक संजय जोशी, नीमो जाधव, संगीतकार सिद्धांत क्षेत्री, गीतकार दीन मोहम्मद, अमित क्षेत्री, सिनेमाटोग्राफर कुणाल का साथे-साथ अभिनेत्री रोशनी ठाकुर, अभिनेता रमेश गोयल आ अउरिओ कलाकार एहमें शामिल भइलें.

एह फिल्म के मुख्य कलाकारन में किरण कुमार, दीपिका चिखलिया, पूजा ददवाल, अहसान कुरैशी शामिल बाड़न. फिल्म के निर्देशक विराट क्षत्रिय एकर टाइटल भूमिको कइले बाड़न.

मेहमानन आ मीडिया के सम्बोधित करत निर्देशक क्षत्रिय कहलन कि फिल्म ‘हैवान’ मुंबई, गुजरात आ सौराष्ट्र में बहुते सफल रहल जवना से हमरा बहुते खुशी बा. एकरा ला हम कलाकारन समेत सगरी टीम के आभारी बानी. फिल्म के विषय सामाजिक, पारिवारिक हवे. एकर मुख्य कथानाक ई बा कि कवना तरह से लोग एगो सामान्य मनई के कबो कबो अतना परेशान कर देलें कि ऊ मजबूरन ‘हैवान’ बन जाला.

बतवलन कि एह फिलिम में रामायण सीरीयल के सीता मईया दीपिका चिखलिया एगो समाज सेविका के किरदार में बाड़ी.

(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts