योगी आदित्यनाथ के ट्रेन से उतरवा लिहलसि यूपी पुलिस

झाँसी में जलाभिषेक करे जात गोरखपुर के भाजपा सांसद आ महंथ योगी आदित्यनाथ
के कानपुर सेंट्रल स्टेशन पर पुलिस जबरदस्ती उतार लिहलसि. प्रशासन के कहना बा कि ओहिजा माहौल खराब बा आ अइसन में योगी आदित्यनाथ के चहूँपला से हालात अउर बिगड़ सकेला.

एह खातिर पुलिस पहिलही से तइयार रहुवे आ कुशीनगर एक्स्प्रेस के चहुँपते वातानुकूलित डिब्बा से योगी के उतार लिहल गइल. योगी के पुलिस हिरासत में उन्नाव के नवाबगंज पक्षी विहार में राखल गइल बा. योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि उ हर साल एह मंदिर में जलाभिषेक करे आवेले आ एहू साल के कार्यक्रम पहिले से तय रहवे. योगी के आरोप बा कि यूपी सरकार एगो खास समुदाय के खुश करे खातिर एह तरह के काम करत बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..