योगी आदित्यनाथ के ट्रेन से उतरवा लिहलसि यूपी पुलिस

झाँसी में जलाभिषेक करे जात गोरखपुर के भाजपा सांसद आ महंथ योगी आदित्यनाथ
के कानपुर सेंट्रल स्टेशन पर पुलिस जबरदस्ती उतार लिहलसि. प्रशासन के कहना बा कि ओहिजा माहौल खराब बा आ अइसन में योगी आदित्यनाथ के चहूँपला से हालात अउर बिगड़ सकेला.

एह खातिर पुलिस पहिलही से तइयार रहुवे आ कुशीनगर एक्स्प्रेस के चहुँपते वातानुकूलित डिब्बा से योगी के उतार लिहल गइल. योगी के पुलिस हिरासत में उन्नाव के नवाबगंज पक्षी विहार में राखल गइल बा. योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि उ हर साल एह मंदिर में जलाभिषेक करे आवेले आ एहू साल के कार्यक्रम पहिले से तय रहवे. योगी के आरोप बा कि यूपी सरकार एगो खास समुदाय के खुश करे खातिर एह तरह के काम करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।