योगी सरकार 43 आईपीएस अधिकारियन के तबादला कइलसि


लखनऊ 17 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के पुलिस विभाग में सरकार शनिचर का दिने फेरु एगो बड़हन फेरबदल कइलसि.
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के गृहनगर गोरखपुर के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक सत्यार्थ अनिरूद्ध पंकज के हटाके शलभ माथुर के गोरखपुर में तैनाती दीहल गइल.
झांसी जनपद के एसएसपी जे.के शुक्ला का तबादला करत पुलिस अधीक्षक प्रशिक्षण अउर सुरक्षा, सुरक्षा मुख्यालय लखनऊ बनावल गइल. आ विनोद कुमार सिंह के झांसी जनपद के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक बनावल गइल.
झांसी रेलवे के पुलिस अधीक्षक ओपी सिंह के तबादला क के ललितपुर जनपद के पुलिस अधीक्षक बनावल गइल. ललितपुर के पुलिस अधीक्षक सलमान ताज पाटिल के पुलिस अधीक्षक तकनीकी सेवायें लखनऊ बनावल गइल.
पद्मजा चौहान पुलिस महानिरीक्षक कार्मिक उत्तर प्रदेश लखनऊ बाल्य देखभाल के पुलिस महानिरीक्षक उत्तर प्रदेश पुलिस प्रोन्नति अइऱ भर्ती बोर्ड लखनऊ बना के भेजल गइल.
लव कुमार के पुलिस उपमहानिरीक्षक कारागार प्रशासन, चन्द्र प्रकाश के पुलिस उप महानिरीक्षक पीटीएस उन्नाव, प्रीतिन्दर सिंह के पुलिस उपमहानिरीक्षक कारागार प्रशासन, वैभव कृष्ण के गाजियाबाद वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक, एचएन सिंह के सेना नायक 23 वीं वाहिनी मुरादाबाद, डॉ. अजय पाल के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक गौतमबुद्ध नगर, देवरंजन वर्मा के पुलिस अधीक्षक शामली, संतोष कुमार के पुलिस अधीक्षक प्रतापगढ़, शुगन गौतम के पुलिस अधीक्षक इलाहाबाद, अशोक कुमार के बदायूं वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक, लल्लन सिंह के गोंडा पुलिस अधीक्षक, उमेश कुमार सिंह के पुलिस अधीक्षक बिजनौर, प्रभाकर चौधरी के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक मथुरा, स्वप्निल ममगाई के सेनानायक 44 वीं वाहिनी पीएसी मेरठ, राहुल राज के पुलिस अधीक्षक बलिया, अनिल कुमार के सेनानायक विशेष परिक्षेत्र सुरक्षा वाहिनी, सत्यार्थ अनिरुद्ध पंकज के पुलिस अधीक्षक कार्मिक इलाहाबाद, राठौर किरीट कुमार हरिभाई के पुलिस अधीक्षक कन्नौज, हरीश चन्द्र के पुलिस अधीक्षक क्षेत्र अभिसूचना फैजाबाद, नागेश्वर सिंह के पुलिस अधीक्षक औरैया, संजीव त्यागी के सेनानायक 9 वीं वाहिनी पीएसी मुरादाबाद, अशोक कुमार त्रिपाठी के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक इटावा, दिलीप कुमार के पुलिस अधीक्षक बस्ती, संकल्प शर्मा के पुलिस अधीक्षक यातायात निदेशालय लखनऊ, जे रविन्दर गौड़ के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक मुरादाबाद, अनिल कुमार सिंह के पुलिस अधीक्षक एससीआरबी लखनऊ, वीपी श्रीवास्तव के बाराबंकी पुलिस अधीक्षक, रोहन पी कनय के पुलिस अधीक्षक देवरिया, हेमराजा मीना के गोरखपुर सेना नायक 26 वीं वाहिनी, अशोक कुमार पांडे के पुलिस अधीक्षक कुशीनगर, यमुना प्रसाद के पुलिस अधीक्षक अपराध डीजीपी मुख्यालय लखनऊ, शैलेश कुमार पांडेय के पुलिस अधीक्षक संत कबीर नगर, राकेश शंकर के पुलिस अधीक्षक सुरक्षा मुख्यालय, मनोज कुमार झा के पुलिस अधीक्षक चित्रकूट, प्रताप गोपेन्द्र यादव के पुलिस अधीक्षक पीटीएस मुरादाबाद, सुजाता सिंह के पुलिस अधीक्षक विमेन पावर लाइन लखनऊ, अउर शिव शंकर सिंह के पुलिस अधीक्षक पीटीएस मुरादाबाद बनावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।