यौन उत्पीड़न के शिकार महिला विधायक के हत्या कइलसि

पूर्णिया के भाजपा विधायक राजकिशोर केसरी के दिनदहाड़े उनका आवास पर हत्या कर दिहल गइल. हत्या करे वाली महिला उनुका पड़ोस के रहुवे. जब विधायक अपना इलाका का लोग से भेंट मुलाकात करत रहलें तवने घरी ऊ महिला आइल आ विधायक के एगो कगरी बोलवलसि. विधायक केसरी जब ओकरा लगे चहुँपलन त ऊ ताबड़तोड़ उनका पेट में चाकू मारत गइल. जब ले लोग दउड़ के ओह औरत के पकड़ित तबले विधायक छटपटा के गिर गइलन. विधायक के तत्काल अस्पताल ले जाइल गइल जहवाँ उनका के मृतक घोषित कर दिहल गइल. बतावल जात बा कि उनुकर स्प्लीन जख्मी हो गइल रहे. छह महीना पहिले ऊ औरत विधायक आ उनुका सहयोगियन पर बलात्कार के आरोप लगवले रहुवे. उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी के कहना बा कि जाँच का बादे पता चली कि ओह औरत के दिमागी हालत कइसन बा. ओने सरकार सगरी विधायकन के सुरक्षा कड़ा करे के निर्देश दिहले बिया. अब विधायक लोग से भेंट करे जाये वाला के तलाशी लिहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।