रंगदार सिपाहियन का खिलाफ रसड़ा कोतवाली के घेर लीहल लोग

रसड़ा के तीन गो बदनाम आ रंगदार सिपाही छठ के रात मोटरसाइकिल से जात एगो नवही के पकड़ लिहलें आ धौंस में लेबे खातिर गरियावे लगलन. नवही विरोध कइलसि त तीनो सिपाही ओकरा के पीटे लगलन आ पिटाई का बाद हवालात में डाल दिहलन. लोग के मालूम भइल त लोग कोतवाली घेर लीहल. एह बात के जानकारी मिलते अउरी सिपाहियन आ पीएसी के भेजल गइल. अधिकारी जाँच क के कार्रवाई करे के भरोसा दिहलन तब जा के मामिला शान्त भइल. धराइल नवही के मेडिकल करा के छोड़ दीहल गइल.
बतावल जात बा कि एह सिपाहियन के आदत हो गइल बा बात बेबात केहु के पकड़ लीहल आ उगाही कइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।