रंगबाज के गाना के रंग चारो ओर पसरल बा

भोजपुरी सिनेमा के असली रंगबाज का रूप में आवत नायक हैदर काजमी के फिल्म “रंगबाज” में एक्शन त जबरदस्त बड़ले बा, गानो सबका पर भारी पड़त बा. चारो ओकर एकरा गाना “लच लच लचके तोहरी कमरिया” के रिंग टोन मोबाइल पर छपले बा. ई गाना हैदर काजमी आ रानी चटर्जी पर फिल्मावल गइल बा. गुजरात के नयनाभिराम लोकेशन पर एकर शूटिंग भइल आ एसीसी डिजीटल प्रा॰लि॰ के बनावल एह फिल्म के निर्देशन शिवराम यादव कइले बाड़न. कहल जात बा कि एह फिल्म से भोजपुरी अपराध आधारित फिल्मन के एगो नया दौर शुरु हो जाई.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।