रंगबाज के गाना के रंग चारो ओर पसरल बा

भोजपुरी सिनेमा के असली रंगबाज का रूप में आवत नायक हैदर काजमी के फिल्म “रंगबाज” में एक्शन त जबरदस्त बड़ले बा, गानो सबका पर भारी पड़त बा. चारो ओकर एकरा गाना “लच लच लचके तोहरी कमरिया” के रिंग टोन मोबाइल पर छपले बा. ई गाना हैदर काजमी आ रानी चटर्जी पर फिल्मावल गइल बा. गुजरात के नयनाभिराम लोकेशन पर एकर शूटिंग भइल आ एसीसी डिजीटल प्रा॰लि॰ के बनावल एह फिल्म के निर्देशन शिवराम यादव कइले बाड़न. कहल जात बा कि एह फिल्म से भोजपुरी अपराध आधारित फिल्मन के एगो नया दौर शुरु हो जाई.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..