रउरा हाथ में एगो नया हथियार दिहल गइल बा

अँजोरिया के पाठक लोग का हाथ में अब एगो नया हथियार दे दिहल गइल बा. टिप्पणी करे में हिचकिचाये वाला लोग एह माध्यम से आपन राय बखूबी जता सकेला. हर पोस्ट का साथे रैंकिग करे के सुविधा दिहल गइल बा. हर लेख भा पोस्ट के रउरा अपना हिसाब से आकलन करे के आदत डाल लीं. एहसे दू गो बात होखी. पहिला त जवन अधिका पाठठक लोग के ठीक लागी तवना के जानकारी सभका हो जाई. दोसरे संपादनो में सुविधा हो जाई कि लोग का चाहत बा. एह आकलन करे में सबसे खास बात इहे बा कि रउरा लगिन नइखे करे के. लेख भा पोस्ट पढ़ीं आ अपना हिसाब से स्टार दे दीं.

एक स्टार मतलब वाहियात, खराब खातिर दू स्टार, साधारण खातिर तीन स्टार, बढ़िया खातिर चार स्टार आ बहुते बढ़िया खातिर पाँच स्टार.

साथ ही रउरा कवनो टिप्पणी से आपन सहमति भा असहमति जता सकीलें बिना आपन परिचय सामने आवल दिहले.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।