रक्षा मंत्रालय पहिला बेर देवीशक्ति का जिम्मे


मीडिया के अटकर पचीसी के एक बेर फेरु झूठ करत आज नरेन्द्र मौदी अपना मंत्रीमंडल के पुनर्गठन क दीहलें. कवनो मीडिया आजु के बदलाव का बारे में सही खबर ना जुटा पावल आ इहे बतावत बा कि देश के कमान एगो मजबूत हाथ में बा आ एगो सुखद बदलाव के आशा कइल बेकार नइखे जाए वाला.
आजु के बदलाव के सबले बड़ खबर निर्मला सीतारमण के रक्षामंत्री बनला के मानल जा सकेला. पहिला बेर कवनो महिला मंत्री का जिम्मा ई विभाग आइल बा. एकरा पहिले इन्दिरा गाँधी जरुरे अपना सरकार में एह मंत्रालय के एक बेर सम्हार चुकल बाड़ी.
मौजूदा मंत्रीमंडल में हाल ले राज्य मंत्री रहल चार गो मंत्रियन के प्रोमोशन क के अब कैबिनेट मंत्री बना दीहल गइल बा. एह में शामिल निर्मला सीतारमण के रक्षा मंत्री, धर्मेन्द्र प्रधान कौशल विकास मंत्री, पीयूष गोयल रेल मंत्री आ मुख्तार अब्बास नकवी के अल्पसंख्यक मामिलात के मंत्री बनावल गइल बा.
सुरेश प्रभु अब वाणिज्य मंत्री बनावल गइल बाड़ें. नितिन गडकरी के जल संसाधन मंत्रालयो के जिम्मा बढ़ा के दे दीहल गइल बा.
बक्सर से सांसद अश्विनी कुमार चौबे के स्वास्थ्य मंत्रालय में राज्य मंत्री आ गृहसचिव रहल आर के सिंह के उर्जा मंत्रालय के जिम्मा दीहल गइल बा.
यूपी से राज्यसभा सांसद शिवप्रताप शुक्लो के राज्य मंत्री बनावल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।