रजनीकांत आ मिथुन के फेंट हउवें अभिनेता सलीम अंसारी

SalimAnsariसिनेमा का दुनिया में जबले कवनो कलाकार के कवनो फिलिम रिलीज ना हो जाव तबले ओकरा ला आपन पहिचान बनावल बहुते मुश्किल होला. बाकिर एकर अपवाद बाड़ें हरफनमौला अभिनेता सलीम अंसारी जिनका अभिनय प्रतिभा में चोटी के दू गो दिग्गज अभिनेता आ अपना ज़माना के सुपर स्टार रहल रजनीकांत अउर मिथुन चक्रवर्ती के सगरी खूबी नज़र आवत बा, फिलिम के शूटिंग आ एडिटिंग घरी जे ही उनकर अभिनय देखल सबही इहे कहल कि “सलीम में दुनु सुपर स्टारन के फेंट एके चेहरा में मिल गइल बा सिनेमा भोजपुरी के!*

जाने जोग बा कि जल्दिए रिलीज होखे जात फिलिम “इंतजार करब कयामत से कयामत तक” में सलीम अंसारी केद्रीय भूमिका निभवले बाड़न आ उनकर नायिका बाड़ी धक धक ड्रीम गर्ल माधुरी मिश्रा. ई फिलिम अबहीं तकले के सबले बड़ बजट वाली फिलिम बतावल जात बिया जवना के भोजपुरी समाज के नवहियन ला बनावल गइल बा.


(अपना न्यूज़)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..