रविकिशन आ के॰डी॰ के बलिदान

भोजपुरिया सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन आ भोजीवुड के सफलतम निर्देशकन में शुमार के॰डी॰ के जोड़ी अब भोजपुरिया परदा पर धमाल मचावे का तइयारी में बा. रविकिशन के शानदार अदाकारी आ केडी के सधल निर्दैशन से सजल बलिदान अब प्रदर्शन का कगार पर बा.
Ravi Kishan with Rinku Ghosh and child artists
वी एम फिल्म्स प्रोडक्शन का बैनर में बनल आ शॉम परवानी के प्रस्तुति वाली भोजपुरी फिल्म बलिदान में दर्शकन के देखे के मिली रविकिशन के डबल रोल में शानदार अदाकारी आ केडी के चुस्त निर्देशन में मनोरंजन के सगरी वाजिब मसाला. विश्वनाथ शेट्टी के बनावल एह फिलिम में रविकिशन का साथै दू गो नायिका बाड़ी अदाकारा रिंकू घोष आ दुबई से आइल नयकी तारिका अम्बिका. नृत्य निर्देशक से अभिनेता बने का राह पर राजीव दिनकर का साथे गुंजन पंत बाड़ी. फिल्म में बालीवुड सिनेमा के जग्गू दादा जैकी श्राफ के एगो यादगार आ कबो ना भुलाये जा सके वाला किरदारो बा एह फिल्म में.

पारिवारिक पृष्ठभूमि पर बनावल एगो समग्र मनोरंजन देबे वाली फिल्म बलिदान के अहम पात्रन में अनिल यादव आ दीपको सिन्हा नजर अइहें. अशोक कुमार दीप के गीत संगीतो धमाकेदार बा, कथअ मानूद पटेल के आ छायांकन फिरोज खान के बा,


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।