रविकिशन के अनूठा जन्मदिन

RaviKishan-birthdayसिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन एह साल आपन जनमदिन अनूठा तरीका से मनवलन. पिछला १७ जुलाई के ऊ मुंबई के गोराई स्थित शान्ति दान आश्रम में रहत मतिमंद लोग का बीच जाके ओह लोग के कपडा आ फल बँटले. साथही ओह लोग संगे घंटन बितवलें. रविकिशन के ई जनमदिन कार्यक्रम ममतामयी श्री राधे गुरु माँ ट्रस्ट के संजीव गुप्ता आयोजित कइले.

रविकिशन कहलन कि जनमदिन मनावे के ई तरीका उनुका बहुते बढ़िया लागल आ शान्तिदान आश्रम में बितावल समय उनका ला खास रहल.

एह बीच बिहार के मुजफ्फरपुर, हाजीपुर आ समस्तीपुर वगैरह शहरन में रविकिशन के जन्मदिन मनावल गइल. एह शहरन में आजुकाल्हु रविकिशन के फिलिम “धुरंधर” चलत बा. बिहार में भवन निर्माण के अग्रणी कंपनी गृह वाटिका ने उनकी फिल्म देखने वाले एक लकी विजेता को उपहार स्वरुप साइकिल प्रदान किया . रवि किशन के अनुसार शान्ति दान आश्रम में बिताया हुआ पल उनके लिए ख़ास था .


(उदय भगत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।