रविकिशन के बहुरुपिया किरदार

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन के प्रशँसक अब एकही फिल्म में रवि किशन के कई गो रुप देखे जा रहल बाड़े. भोजपुरी फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” में रवि किशन एगो गँवई जवान, एगो नेवी आफिसर, त एगो जेन्टल मैन, ना जाने कतना रुप में नजर आवे वाला बाड़े. आ एह फिल्म में उनकर नायिको दू तीन गो ना पूरे पाँच गो बाड़ी. अक्षरा सिंह, संगीता तिवारी, गुंजन पंत, दिव्या द्विवेदी, आ अनारा गुप्ता सबही बा एह फिल्म में. कहल जात बा कि “रामपुर के लक्ष्मण एगो सस्पेंस थ्रिलर ह. फिल्म २६ जनवरी के रिलीज होखे जा रहल बा. षह फिल्म के एनसी इन्टरप्राइजेज का बैनर में चंदन सिंह बनवले बाड़े आ निर्देशन अउर कहानी हैरी फर्नांडिज के बा.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।