रविकिशन टुलिप सिंह के धमाल कइलऽ राजा

भोजपुरी के सुपर स्टार रवि किशन आ नयकी तारिका टुलिप सिंह के अभिनय से सजल फिल्म धमाल कइलऽ राजा के शुरुआत पिछला दिने शूटिंग का साथ मुंबई में करावल गइल. जलाराम प्रोडक्शन का बैनर में बने वाली एह फिल्म के निर्माता रमन नैयर आ निर्देशक चन्द्रसेन सिंह हउवन. गीत बिपिन बहार के त संगीत मधुकर आनन्द के बा. लेखक पारस जायसवाल, छायाकार आर आर प्रिंस, नृत्य निर्देशक रामदेवन, एक्शन मास्टर दर्शन सिहं हउवे. फिल्म में रवि किशन आ टुलिप सिंह का अलावे गिरीश शर्मा, नीलिमा सिंह, पंकज बेरी, आ सुरेन्द्र पाल के खास भूमिका बा.

धमाल कइलऽ राजा के आयटम डांस में डांसिंग क्वीन संभावना सेठ आ सीमा सिंह रहीहे. फिल्म लव स्टोरी वाली पूरा तरह से रोमांटिक फिल्म होखी. निर्देशक के कहना बा कि फिल्म दर्शकन के बेहद पसंद आई.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..