रवि किशन आपन जन्म दिन के समारोह रद्द कइले


भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन हालही में मुंबई में भइल आतंकी हमला से बहुते दुखी बाड़े आ एह चलते सतरह जुलाई के आयोजित होखे जा रहल आपन जन्म दिन समारोह के रद्द कर दिहले बाड़न. अब जन्म दिन बस अपना परिवार का साथे सादगी से मनइहे.

रवि किशन हर साल आपन जन्मदिन धूमधाम से मनावत आइल बाड़न जवना में भोजपुरी फिल्म जगत का अलावा हिंदीओ फिल्म जगत के लोग शामिल होत रहल बा. संजोग से एह घरी मुंबईये में शूटिंग चलत रहुवे से ऊ धूमधाम से जन्मदिन मनावे के सोचले रहले. बाकिर मुंबई में भइल आतंकी हमला वाला सीरियल ब्लास्ट से आहत हो के पार्टी रद्द कर दिहलन.

दैवयोग से अबकी उनुकर पिताजी पंडित श्याम नारायण शुक्ला मुंबई में उनुका साथे बाड़न एहसे उनुकरे आशीर्वाद लेके आपन दिन शुरु करीहे. मुंबई पर भइल आतंकी हमला के निंदा करत रविकिशन के कहना बा कि एहमाहौल में कवनो समारोह करावल उचित ना होई.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।