रवि किशन आ पवन सिंह अउर राखी सावंत के फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा पे’

KattaTanalफेथ इन्क प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा पे’ खातिर पिछला दिने मुंबई के फ्यूचर स्टूडियों में रवि किशन आ राखी सावंत शूटिंग कइल लोग. एह फिलिम के निर्माण राखी सावंत आ राहुल कपूर करत बाड़ें. राखी पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिलिम करत बाड़ी. फिलिम का बारे में बतवली कि ई एगो पारिवारिक फिल्म ह जवना में एक्शन रोमांस आ कॉमेडीओ के मेल देखे के मिली. फिलिम के गानो बहुते बढ़िया बाड़ी सँ.

निर्देशक एम. आई. राज, संगीतकार मधुकर आनंद, कैमरामैन इकबाल शेख, नृत्यनिर्देशक रिक्की गुप्ता आ पप्पू खन्ना, फाइट मास्टर वीरू, गीतकार आ लेखक राज वर्मा अउर एस. चौहान हउवें. एकरा खास कलाकार में शामिल बाड़ें रवि किशन, पवन सिंह, राखी सावंत, शुभी शर्मा, शहवाज खान, बृजेश त्रिपाठी, मनोज द्विवेदी, उजैर खान वगैरह. एहमें तीन गो आइटम सॉंग बाड़ी सँ जवना के अंजना, रिंकू घोष आ अभय राय कइले बाड़न.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..