रवि किशन आ मनोज मिहिर धाँग दीहें दर्जन भर जिला

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन शुक्ल आ भोजपुरी फिल्म अभिनेता आ गायक मनोज मिश्र मिहिर यूपी बिहार के एक दर्जन जिला अपना डांस आ संगीत धाँग दीही लोग. चार मई से शुरु होखे जा रहल एह कार्यक्रम में किसानन के धान का बियृ आ खाद का बारे में जानकारी दिहल जाई.

कार्यक्रम एगो जर्मन कंपनी प्रोजित कइले बिया जवन बीज आ खाद के कारोबार करेले. ई जानकारी रविकिशन से फोन पर बातचित से मालूम भइल. एह कार्यक्रम में रविकिशन का साथे गोरखपुर के रहेवाला आ भोजपुरी सिनेमा के अभिनेता आ गायक मनोज मिश्र मिहिरो रहीहें. दुनु राज्यन का एक दर्जन जिला में होखेवाला एह रंगारंग कार्यक्रम में कलाकारन के पूरा टीम किसानन से मिली, ओह लोग का घर परिवार में जा के भेंट करी आ बतलाई कि जीवन में सफलता पाये के राज का होला.

ई कार्यक्रम गोरखपुर, फैजाबाद, कानपुर, जौनपुर, समस्तीपुर, आरा, बक्सर, गया, छपरा वगैरह जिलन में होखे वाला बा. टीम में एह लोग का साथे कुछ अउरियो कलाकार शामिल रहीहें.


(स्रोत : धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय, गोरखपुर)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।