रवि किशन का शो में उमड़ल जन सैलाब

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रवि किशन आजु काल्हु उत्तर प्रदेश में करत बाड़े. बिया बनावे वाली जर्मनी के एगो कंपनी उनुका के आपन ब्रांड अम्बवेसडर बनवले बिया आ ओकरे प्रचार में लागल बाड़े रविकिशन. रवि किशन पिछलको साल बिहार- उत्तर प्रदेश में लगभग एक दर्ज़न शो कइले रहले. अबकी पूर्वी उत्तर प्रदेश के बस्ती, बलरामपुर, बदलापुर वगैरह कई गो छोट शहरन में शो के आयोजन भइल. “किसान के नाम रवि किशन की शाम” नाम के एह शो में अपना पसंदीदा सितारा के देख लोग बहुते उछाह में रहे. किसानन खातिर रवि किशन का आगा क्रिकेट के कवनो मोल ना रहे आ फाइनलो मैच का दिन जम के भीड़ उमड़ल रहे रविकिशन के देखे खातिर. एह शो का दौरान कंपनी के बढ़िया विक्रेता लोग के रवि किशन का हाथे सम्मानितो करावल गइल. अपना पैतृक गाँव जौनपुर के विसुई से सटले बदलापुर में अपना माई का सोझा परफार्म करत रविकिशन भाव विह्वल हो गइले.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।