रवि किशन कुश्ती लड़ले

भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन जल्दिये सिनेमा का परदा पर कुश्ती लड़त नज़र अइहें. प्रसिद्ध निर्देशक के. डी का निर्देशन में बनल फिल्म ‘प्राण जाई पर वचन न जाई’ के शूटिंग हाल ही में वाराणसी में पूरा भइल बा. जबरदस्त एक्शन, सुपर हिट गाना, रोमांस अउर कामेडी से भरपूर ‘प्राण जाई पर वचन न जाई’ में ठेठ भोजपुरिया कुश्ती के अलावा सुपर डुपर हिट ‘साढ़े तीन बजे मुन्नी ज़रूर मिलना…’ गानो सुने के मिली. खास बात ई बा कि “मुन्नी बदनाम हुई” का तरहे ‘साढ़े तीन बजे मुन्नी ज़रूर मिलना’ आयटम नंबर हवे. एह गाना के संगीत दिहले बाड़े राजेश-रजनीश. ‘साढ़े तीन बजे मुन्नी ज़रूर मिलना’ उत्तर प्रदेश आ बिहार में एक दशक पहिले लोग का जुबान पर चढ़ल रहे आ एकर मूल गायिका रहली ताराबानो फैजाबादी जे ‘मुन्नी बदनाम हुई’ के मूल गाना ‘लवंडा बदनाम हुआ नसीबन तेरे लिए’ गवले रही. फिल्म में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ अक्षरा के रोमांटिक जोड़ी का साथ राजीव दिनकर, निजाम खान, महक मल्होत्रा , ख़ुशी सिंह, जफर खान वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत – उदय भगत, शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।