रवि किशन के अनोखा रिकार्ड

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन अब एगो नया रिकार्ड बनवले बाड़न एके महीना में एके लोकेशन पर पांच गो अलग अलग फिल्मन के शूटिंग करावे आ दू गो फिल्म के मुहूर्त करावे के. पिछला एक महीना से रवि किशन मुबई से सौ किलोमीटर दूर सुर्वे फार्म हाउस में डेरा डलले बाड़न. गइल त रहलें निर्माता रजनीश गुप्ता आ निर्देशक फ़िरोज़ खान के फिल्म “फौलाद” के शूटिंग खातिर बाकिर एह खूबसूरत फार्म हाउस के आबोहवा रवि किशन के अतना पसंद आ गइल कि ऊ लगातार एहिजे शूटिंग करावे के फैसला ले लिहलन आ फौलाद के शूटिंग का साथही उनुका दोसरो लटकल फिलिमन के शूटिंग ओहिजे होखे लागल. एह फिलिमन में स्वरुप फिल्म्स के हैरी फर्नांडिस निर्देशित “संतान”, “मल्लयुद्ध”, जगदीश शर्मा निर्देशित “सड़क” वगैरह फिल्म शामिल रहली सँ. एही बीच ऊ अपना दू गो नया फिलिम के मुहुर्तो करवा लिहलन. आनंद गहतराज निर्देशित आ बिट्टू सिंह – गोपी यादव निर्मित फिल्म “तहलका” अउर “फौलाद” के निर्माता रजनीशे गुप्ता के अगिलका फिल्म के.
सुर्वे फार्म हॉउस में डेरा जमवले रवि किशन के कहना बा कि एहिजा शूटिंग करावल उनुका ला छुट्टी मनावे जइसन बा काहे कि बेटियन के छुट्टी का चलते पूरा परिवार एहिजे जुटल बा. साथही कसरत खातिर पूरा समय मिल जा रहल बा. एकर फायदा इ भइल बा कि उनुकर वजन में दस किलो के कमी हो गइल बा. बहरहाल रवि किशन के एह जगह से प्रेम का चलते उनुका निर्माता आ निर्देशको लोग के ढेरे फायदा चहुँपल बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।