रवि किशन के नया प्यार हई अलिसा


भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार आ हिंदी फिल्मन में आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करा चुकल अभिनेता रवि किशन अपना नया नया अफेयरन का चलते भोजपुरी फिल्म जगत में हमेशा चर्चा में रहेलें बाकिर अबकी के उनुकर अफेयर देश के सीमा पार कर गइल बा. रवि किशन के ई नयका प्यार हई रुस के अभिनेत्री अलिसा . पता चलल बा कि एह दुनु जने के रोमांस अबही हालही में शुरु भइल बा. वइसे जान पहिचान कई साल के ह. उक्रेन के एगो अखबार के पत्रकार अलिसा बनारस घूमे आइल रहली जब कन्नी गुरु रविकिशन से उनकर भेंट भइल. अलिसा खातिर किराया के घर खोजत खोजत दुनु एक दुसरा के नजदीक आ गइलें आ अलिसा रवि किशन का दिल में बस गइली. ई सब कुछ डॉ. चन्द्र प्रकाश दवेदी के फिल्म “मोहल्ला अस्सी” का शूटिंग में भइल. एह फिल्म में रवि किशन कन्नी गुरु बनल बाड़े.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।