रवि किशन के ‘मल्ल युद्ध’

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रवि किशन अभिनीत फिल्म ‘मल्ल युद्ध’ पर सभकर नजर लागल बा. एह फिल्म में रवि किशन के हैरज अंगेज एक्शन आ गांव देहात के कुश्ती देखके लोग अचकचा जाई. चांद मेहता निर्देशित एह फिल्म में रवि किशन के नायिका बाड़ी रानी चटर्जी. निर्माता हउवे सुनील चौहान जे जे.एम.वी प्रोडक्शन का बैनर में एकरा के बनववले बाड़े.

‘मल्ल युद्ध’ रवि किशन आ रानी चटर्जी का अलावे शुभम तिवारी आ कोमल ढिल्लों के खास भूमिका बा. एह फिल्म के भोजपुरी परंपरा आ दबंगई पर आधारित बनावल गइल बा. फिल्म के निर्देशक चांद मेहता, कहानी लेखक राजेश चौहान, गीतकार ए. कुमार, सोनी यादव आ जॉनी, संगीतकार राज सेन अउर पंडित ज्वाला प्रसाद, कैमरामैन अशोक चक्रवर्ती, एक्शन मास्टर रियाज़ सुल्तान, आ एसोसिएट प्रोड्यूसर पूनम चौहान हई. फिल्म के बाकी कलाकारन में कुणाल सिंह, सुनीता शर्मा, गिरीश शर्मा, सोनी यादव, बृजेश त्रिपाठी, कौशल कुमार शर्मा, रमेश गोयल, संध्या, अभय यादव, जय प्रकाश, सुमन, शंकर सिंह आ किरण के नाम शामिल बा. साथही नंबर वन आयटम डांसर सीमा सिंह, प्रोमिला आ निशा सिंह के डांसो लोग के थिरकावे खातिर शामिल बा.

‘मल्ल युद्ध’ जल्दिये रिलीज कइल जाई.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।