रवि किशन के मॉरिशस सरकार मनलसि भोजपुरिया महानायक

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपरस्टार रवि किशन के मिलल अवार्ड आ सम्मान के लमहर फेहरिस्त में अब एगो अंतरराष्ट्रीय अवार्डो जुड़ गइल बा. पिछला दिने भारत आ मॉरिशस सरकारन के आयोजित अप्रवासी भारतीय दिवस में बतौर स्पीकर शामिल भइल रवि किशन के मॉरिशस सरकार भोजपुरिया महानायक अवार्ड से सम्मानित कइलसि. अवार्ड मॉरिशस के कला संस्कृति मंत्री मुक्तेश्वर चुन्नी आ मशहूर साहित्यकार सरिता बुद्धू के हाथे रविकिशन के दिहल गइल. साथ में एगो सम्मान चिह्न आ प्रशस्ति पत्र देके मारीशस सरकार उनका के भोजपुरिया महानायक आ भोजपुरी सिनेमा के भागीरथी अवार्ड से सम्मानित कइलसि.

जान लीं कि मॉरिशस क राजधानी पोर्ट लुईस में भइल एह समारोह में ओहिजा के प्रधानमंत्री समेत दुनिया भर में बड़हन बड़हन पद पर बइठल अप्रवासी भारतीय शामिल भइले. बतौर स्पीकर शामिल भइल रवि किशन ओहिजा भोजपुरी के प्रतिनिधि के तौर पर आपन राय रखलन. ई पहिला बेर रहल कि कवनो भोजपुरी कलाकार के भारत आ मॉरिशस सरकार के संयु्क्त आयोजन में बतौर स्पीकर नेवतल रहुवे. एह मीका पर रवि किशन कहलन कि भोजपुरी क खुशबू से सगरी मॉरिशस सराबोर बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।