रवि किशन खरीदलन हार्डी डेविडसन बाईक

मुंबई फिल्म जगत में दुनिया के मशहूर ब्रांड में शुमार मोटर बाईक दिवानन के लमहर सूची बा आ अब एहमें भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशनो के नाम जुड़ गइल बा. अक्षय तृतीया के पावन मौका पर रवि किशन २० लाख के एह मोटर बाईक के खरीदलन. रवि किशन हमेशा से बाईक के शौकीन रहल बाड़न. अपना संघर्ष का दिनन में बाईके उनुकर सवारी रहत रहे. फिल्म जगत में एगो बढ़िया मुकाम हासिल कइला का बादो ऊ आपन पुरान शौक भुला ना पवलें आ दुनिया के मशहूर ब्रांड हार्डी डेविडसन खरीद लिहलें.

हिंदी फिल्म जगत में संजय दत्त, सलमान खान, जॉन इब्राहम का लगे ई मोटर बाईक पहिले से बा. बाईक खरीद के रवि किशन ओकरे से फिल्मिस्तान स्टूडियो गइलन आ सैफ अली खान के होम प्रोडक्शन फिल्म “एजेंट विनोद” के एक्शन सीन में शामिलो भइलन. रवि किशन के कहना बा कि ऊ मुंबई में अपना फिल्मन का शूटिंग खातिर अपना बी एम डब्लू, होंडा सिटी भा फोर्चुनर से ना जाके एही बाईक के आपन सवारी बनइहन.
भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री न्यूज एक नजर में


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..