रवि किशन दिहलन गणेश चतुर्थी के बधाई

RaviKishan-Ganpati
‘गणपति बाप्पा मोरया मंगल मूर्ति मोरया’. लोग के दुख हरे आ सुख देबे खातिर हमहन के सुखकर्ता विघ्नहर्ता गणपति बाप्पा आ गइल बानी आ एगारह दिन ले हमनी का साथे रहि के हमनी के घर परिवार आ मंडल के मनसा पुरइहें.

गणेश चतुर्थी पर लोग अपना घरे गणपति के स्थापना करेला आ हर साल का तरह एहू साल सुपरस्टार रवि किशन अपना मुंबई वाला घर पर बाप्पा के स्थापित कइले बाड़म आ बहुते आदर सम्मान का साथे बप्पा के सेवा आ आरती करत बाड़न.

एह मौका पर रवि किशन अपना सगरी प्रशंसकन के गणेश चतुर्थी के ढेरहन बधाई दिहले बाड़न.

रवि किशन का अलावे अउरिओ लोग गणपति बाप्पा के स्थापित करवले बाड़े अपना अपना घरे आ सभे पूजा सेवा करे में लागल बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।