
कलर्स के शो झलक दिखला जा में रवि किशन
भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन क एगो खासियत ह कि ऊ माहौल क मुताबिक ढल जालें आ माहौलो जे अपना रंग में रंग देलें. ते हैं. कलर्स टीवी के बहुचर्चित शो “झलक दिखला जा” में, रवि किशन बतौर प्रतिभागी कोरियोग्राफर कुंजन क संगे डांस के जलवा बिखेरत बाड़न. एकर प्रसारण पिछला शनिचर के शुरु हो गइल. पहिलके एपिसोड में रवि किशन आपन ओह आलोचनन के जवाब दे दिहलन कि उनुका बस भोजपुरिए डांस आवेला. जज क कुर्सी पर बइठल करण जौहर रवि किशन के परफोर्मेंस पर उनुका के बधाई देत कहलन कि “वाकई आप स्टार हैं”.
माधुरी दीक्षित शायद पहिला बेर भोजपुरी में बोलली आ कहली कि नीक लागल. रेमो डिसूजो रविकिशन के तारिफ कइलन. कौन बनेगा करोडपति के विजेता सुशील कुमारो एह शो के हिस्सा बाड़न. ऊ रवि किशन के आशीर्वाद लिहलन आ कहलन कि आप भोजपुरी के अमिताभ बच्चन हईं. बहरहाल पहिलके एपिसोड में रवि किशन आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करवा दिहलन. आ आपन भोजपुरिया रंग बखूबी बिखेरलन.
एह शो के प्रसारण शनिचर के रात नौ बजे कइल जाला.
(उदय भगत के रपट)
Related
Bahut hi achchha ba