रवि किशन भोजपुरिया रंग में रंग दिहलें "झलक दिखला जा" के

कलर्स के शो झलक दिखला जा में रवि किशन

भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन क एगो खासियत ह कि ऊ माहौल क मुताबिक ढल जालें आ माहौलो जे अपना रंग में रंग देलें. ते हैं. कलर्स टीवी के बहुचर्चित शो “झलक दिखला जा” में, रवि किशन बतौर प्रतिभागी कोरियोग्राफर कुंजन क संगे डांस के जलवा बिखेरत बाड़न. एकर प्रसारण पिछला शनिचर के शुरु हो गइल. पहिलके एपिसोड में रवि किशन आपन ओह आलोचनन के जवाब दे दिहलन कि उनुका बस भोजपुरिए डांस आवेला. जज क कुर्सी पर बइठल करण जौहर रवि किशन के परफोर्मेंस पर उनुका के बधाई देत कहलन कि “वाकई आप स्टार हैं”.

माधुरी दीक्षित शायद पहिला बेर भोजपुरी में बोलली आ कहली कि नीक लागल. रेमो डिसूजो रविकिशन के तारिफ कइलन. कौन बनेगा करोडपति के विजेता सुशील कुमारो एह शो के हिस्सा बाड़न. ऊ रवि किशन के आशीर्वाद लिहलन आ कहलन कि आप भोजपुरी के अमिताभ बच्चन हईं. बहरहाल पहिलके एपिसोड में रवि किशन आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करवा दिहलन. आ आपन भोजपुरिया रंग बखूबी बिखेरलन.

एह शो के प्रसारण शनिचर के रात नौ बजे कइल जाला.


(उदय भगत के रपट)

1 Comment



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।