रवि किशन भोजपुरी दबंग टीम में शामिल भइले

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग में भोजपुरी दबंग का ओर से खेलीहें. मंगल का दिने मॉरिशस से लवटते हवाईए अड्डा पर रविकिशन एकर अनुबंध साइन कर दिहलें.

जान लीं कि एह साल से फ़िल्मी कलाकारन के क्रिकेट लीग सीसीएल में भोजपुरी सेलिब्रिटियनो के टीम शामिल कइल गइल बा. एकर नाम “भोजपुरी दबंग” राखल बा आ कप्तान मनोज तिवारी अउर उप कप्तान दिनेश लाल यादव निरहुआ के बनावल गइल बा.

एह बारे में रवि किशन के कहना बा कि, खेल एका ले आवेला. ई बढ़िया बात बा कि आजु भोजपुरी के सगरी लोग एकजुट हो गइल बा. कहलन कि समय निकल के प्रेक्टिसो करीहें आ क्रिकेट मैचो खेलीहें.


(उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।