रवि किशन ला भाग्यशाली रहल 12/12/12

एकही दिन में 5 गो फिलिम साइन कइले

ravikishanसिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन खातिर एह सदी के अनोखा तारीख 12/12/12 बहुते भाग्यशाली रहल. एह दिन ऊ कुल 5 गो फिलिम साइन कइलन जवना में चार गो भोजपुरी के आ एगो हिंदी के फिलिम बावे. ओह दिन रविकिशन पहिला फिलिम साइन कइलन “विजयी भवः”. ओरियो मिडिया के एह फिलिम के शूटिंग जनवरी में शुरू होखी. एकर निर्देशन करीहें हर्ष आनद.
अगिला फिलिम रहल निर्देशक बबलू सोनी के अबही बिना नाम के भोजपुरी फिलिम जवना में रवि किशन आ खेसारी लाल पहिला बेर एक संगे अइहें. अगिला तीन गो भोजपुरी फिलिम रहली स जीना तेरी गली में, छोरा गंगा किनारे वाला आ सन्यासी. एह फिलिमन के निर्देशक रहीहें भोजपुरी सिनेमा के सबले लोकप्रिय निर्देशक राज कुमार पाण्डेय. रवि किशन आ राजकुमार पाण्डेय के हिट जोड़ी एहसे पहिले देवरा बड़ा सतावेला, आ लहरिया लूटा ए राजा जी जइसन सुपर हिट फिलिम दे चुकल बा. देवरा बड़ा सतावेला के त सिनेमा भोजपुरी के इतिहास के सबले बड़ हिट कहल जाला.
रवि किशन एह बात पर खुशी जतवले कि अइसन अनोखा तारीख के ऊ पाँच गो फिलिम साइन कइलन.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..