रवि किशन संगे अंजना के ठुमका

Anjana-RaviKishanसिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी कहाए वाली अभिनेत्री अंजना भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन संगे उनका फिलिम “कट्टा तनल दुपट्टा पर” खातिर जम के ठुमका लगवली. एह फिलिम में रवि किशन, पवन सिंह आ शुभी शर्मा मुख्य भूमिका में बावे लोग अंजना सिंह बतौर मेहमान कलाकार एह फिलिम में एगो खास गाना कइले बाड़ी. पिछला दिने एही गाना के फिल्मांकन मुंबई में कइल गइल. गाना में अंजना सिंह के साथे खुद रवि किशनो रहलें.

जाने जोग बा कि दू साल पहिले अंजना सिंह अपना फिलिमी कैरियर के शुरुवात रविए किशन संगे फिलिम “फौलाद” से कइले रही. एकरा बाद उनुका रविकिशन संगे काम करे के मौका ना मिलल रहे. हालांकि एगो फिलिम “कईसन पियवा के चरित्तर बा” में रवि किशन मुख्य भूमिका में रहलें बाकिर अंजना सिंह मनोज पाण्डेय संगे टैग रहली.

अंजना सिंह के कहना बा कि जइसही एह गाना के ऑफर आइल आ पता लागल कि एहमें रविकिशनो रहीहें त तुरते हँ कर दिहले रही.


(उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।