रवि किशन संगे अंजना के ठुमका

Anjana-RaviKishanसिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी कहाए वाली अभिनेत्री अंजना भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन संगे उनका फिलिम “कट्टा तनल दुपट्टा पर” खातिर जम के ठुमका लगवली. एह फिलिम में रवि किशन, पवन सिंह आ शुभी शर्मा मुख्य भूमिका में बावे लोग अंजना सिंह बतौर मेहमान कलाकार एह फिलिम में एगो खास गाना कइले बाड़ी. पिछला दिने एही गाना के फिल्मांकन मुंबई में कइल गइल. गाना में अंजना सिंह के साथे खुद रवि किशनो रहलें.

जाने जोग बा कि दू साल पहिले अंजना सिंह अपना फिलिमी कैरियर के शुरुवात रविए किशन संगे फिलिम “फौलाद” से कइले रही. एकरा बाद उनुका रविकिशन संगे काम करे के मौका ना मिलल रहे. हालांकि एगो फिलिम “कईसन पियवा के चरित्तर बा” में रवि किशन मुख्य भूमिका में रहलें बाकिर अंजना सिंह मनोज पाण्डेय संगे टैग रहली.

अंजना सिंह के कहना बा कि जइसही एह गाना के ऑफर आइल आ पता लागल कि एहमें रविकिशनो रहीहें त तुरते हँ कर दिहले रही.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..