सिनेमा भोजपुरी के तीन गो बड़हन सितारा रवि किशन, मनोज तिवारी अउर दिनेश लाल यादव २६ मई के पटना में एगो निजी चैनल “आर्यन टीवी” के आयोजन “भोजपुरी हंगामा कार्यक्रम” में जम के एक संगे ठुमका लगवलें आ दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कइलें. एह तीनो जने के साथ देबे खातिर पाखी हेगड़े, रिंकू घोष, मोनालिसा, शुभी शर्मा, प्रवेश लाल यादव अउर उत्तमो कुमार मौजूद रहलें.
एह कार्यक्रम का साथे न्यू पटना क्लब गवाह बनल बिहार के एगो अइसन सफल समारोह के जवना में पहिला बेर भोजपुरी सिनेमा के ई तीनो बड़का सितारा रवि किशन, मनोज तिवारी आ निरहुआ एके साथ एके मंच पर नजर अइलें आ साथ ही परफोर्मो कइलें. विष्णु शंकर बेलू के मंच संचालन में आ विकास सिंह वीरप्पन के देख रेख में आयोजित एह भोजपुरी हंगामा में रवि किशन क साथ देत रहली मोनालिसा, मनोज तिवारी क रिंकू घोष, निरहुआ क पाखी हेगड़े, प्रवेश लाल यादव क शुभी शर्मा अउर उत्तम कुमार साथे रहली हर्षा. समारोह में रंगारंग कार्यक्रम का बीचे एह तीनो महासितारन के जुगलबंदी अउर दोस्ताना नोक झोक के दर्शक जम के लुत्फ़ उठवलें. तीनो जने अपना अपना संघर्ष के दिन के अनुभवो दर्शकन के बतवलें आ साथही भोजपुरी के संविधान क अठवी अनुसूची में शामिल करे के मांगो उठवलें.
समारोह के अंत में मनोज तिवारी रिंकू घोष संगे अपना पहिला फिलिम के गाना “सैयां जी दिलवा मांगे ले गमछा विछाई के” पर, रवि किशन मोनालिसा संगे “आई हो दादा कइसन पियवा के चरित्तर बा” पर आ निरहुआ पाखी हेगड़े संगे “निरहुआ सटल रहे” गाना पर परफार्म कइलें. निरहुआ सटल रहे पर पाखी हेगड़े क अदा दर्शकन के झूमे पर मजबूर कर दिहलसि.
शुरूआत में रवि किशन अनोखा अंदाज से मंच पर एंट्री मरलन आ मोनालिसा संगे अपना हालिया रिलीज फिलिम “रणवीर” के गाना पर परफोर्म कइलें.
(उदय भगत के रपट)
uday babu jaankaari naikhe ta mat boli,e teeno star ek saath Sur sangram -1 ke manch par perform kaile rahe log aur ranchi ke morabadi maidan me dance sangram me bhi perform kaile rahe.aur raua likle baani ki ” एह कार्यक्रम का साथे न्यू पटना क्लब गवाह बनल बिहार के एगो अइसन सफल समारोह के जवना में पहिला बेर भोजपुरी सिनेमा के ई तीनो बड़का सितारा रवि किशन, मनोज तिवारी आ निरहुआ एके साथ एके मंच पर नजर अइलें आ साथ ही परफोर्मो कइलें.pl sudhaar kari.
संजीव जी,
टिपण्णी खातिर धन्यवाद.
उदय जी के भेजल रपट में लिखल रहे कि “पटना में पहली बार”. भोजपुरी में उल्था करत घरी बात साफ ना कहा सकल. जहाँ ले बाति बा एह तीनो सितारन के एक साथ एक मंच पर आवे के त ऊ भइल रहे बनारस में इटीवी का भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह में. जब दिन में पसरल तनाव तूड़त साँझ ले रविकिशन आ मनोज तिवारी के आपसी विवाद सामाजिक दबाव से खतम करावल गइल रहे. ओकरा बादे मंच पर ई तीनो कलाकार एक साथ आइल रहलें. हम खुद ओह मौका के गवाह रहनी. दिन के घटना क्रम से शायद आयोजको वाकिफ ना रहलें आ जब रविकिशन मंच से एलान कइलें कि अवार्ड हम तबहिए लेब जब मनोज भाई के हाथ से दिहल जाई. एह एलान का बाद आयोजकन के साँप सूँघ गइल रहे. बाकिर तब खुशी खुशी मनोज तिवारी मंच पर गइल रहलें आ तनी मनी शिकवा शिकायत का बाद दुनु जने मिल गइल रहलें. ओही अवसर पर आलोक कुमार एलान कइले रहलें कि उ भोजपुरी के तीनो सितारन के ले के, ओह समय बाकी सुपर स्टारन के उदय ना भइल रहुवे, फिलिम बनइहें जवन “गंगा जमुना सरस्वती” का रूप में सामने आवे वाला बा.
माफ करब संजीव भाई. समय आ काम का दबाव का चलते कबो कबो कुछ गलती रहि जाला. बीच में कुछ दिन ले सामग्री हिन्दी में दिहल शुरू कइले रहनी त कुछ पाठकन के सही शिकायत रहल कि कम से कम एहिजा त भोजपुरी में सामग्री परोसल जाव. काहे कि कवनो दोसर वेबसाइट ह तरह से भोजपुरी में सामग्री ना देव.
एहसे एह तरह के भूल खातिर माफ कर देब.
राउर,
संपादक,
अँजोरिया वेबसाइट परिवार
uday bhagat to khaali farzi news deta hain aur jhuta .
झूठ अउर साँच के कुछ परख हमरो लगे बा.
प्रचारक आ वकील अपना मुवक्किले के बात करेला. इहाँ ले कि “धर्मराज” युद्धिष्ठिरो के कहे पड़ल रहे अश्वत्थामा हतो, नरो वा कुंजरो वा.
Sanjeev ji Dhanyavaad .. Maine likha hai — एह कार्यक्रम का साथे न्यू पटना क्लब गवाह बनल बिहार के एगो अइसन सफल समारोह के जवना में पहिला बेर भोजपुरी सिनेमा के ई तीनो बड़का सितारा रवि किशन, मनोज तिवारी आ निरहुआ एके साथ एके मंच पर नजर अइलें आ साथ ही परफोर्मो कइलें…. Sur sangraam me teeno maujood the par wo kaarykram Safal nahi tha beech me hi band ho gaya tha …
SANJEEV JI … POORI INDUSTRIES KO MALOOM HAI UDAY BHAGAT SIRF AUR SIRF NEWS DETA HAI .. AGAR AISA NAHI HOTA TO YAHAAN SHIRSHAK AISA LIKHA JATA – RAVI KISHAN KE THUMKE PAR JHOOMA PATNA …
UDAY BHAGAT SUR SANGRAM 2 ASAFAL THA AUR USME DINESH NAHI AAYE THAY.SUR SANGRAM 1 ME TEENO NE PERFORM KIYA THA AUR YE SHOW SAFAL THA.JAANKAARI KE BINA BAATEIN NAA KARE.